Aadarsh-Daily

कक्षा १ से १० तकले के पाठ्यक्रम के साथे पाठ्यपुस्तक अब भोजपुरि मे

ad-4p

कृष्णा यादव

content ad p2

नेपाल में संघीय शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्रालय अन्तर्गत रहल पाठ्यक्रम विकास केन्द्र द्वारा भोजपुरी के कक्षा १ से १० तकले के पाठ्यक्रम के साथे पाठ्यपुस्तक आ कक्षा ११–१२ के पाठ्यक्रम तैयार हो चुकल बा अब कार्यन्यवन करे के जिम्मा स्थानीय सरकार के बा काहेकि आधारभूत, प्राथमिक से लेके माध्यमिक (११–१२) तकले के शिक्षा के अधिकार स्थानीय सरकार के जिम्मा में बा । नेपाल में भाषा आ मातृभाषा संबन्धि संविधान, ऐन कानून आ नीति नियम में निम्न व्यवस्था कइल गइल बा ः

content left

संविधानसभा से बनल नेपाल के संविधान २०७२ के प्रस्तावना में नेपाल के बहुभाषिक स्विकार कइल गइल बा, धारा ३ में राष्ट्र के परिभाषा में बहुभाषिक स्विकार कइल गइल बा,
ड्ड धारा ६ में नेपाल में बोलल जाएवाला सब मातृभाषा के राष्ट्रभाषा स्विकारल गइल बा ।
ड्ड धारा ७ (२) में नेपाली भाषा के अलावाँ प्रदेश आपन प्रादेश भितर बहुसँख्यक जनता द्वारा बोलल जाएवाला एगो भा एक से ज्यादा दुसर राष्ट्रभाषा के प्रदेश कानून बमोजिम प्रदेश के सरकारी कामकाज के भाषा निर्धारण कर सकल जाई आ धारा ७ (३) में भाषा सम्बन्धी औरी बात भाषा आयोग के सिफारिस में नेपाल सरकार द्वारा निर्णय कइला अनुसार होई लिखाइल बा ।
ड्ड मौलिक हक आ कर्तव्य अन्र्तगत धारा १७ स्वतन्त्रता के हक  अन्र्तगत ३ खण्ड (ग) में ….भाषा … के आधार पर कवनो राजनीतिक दल के सदस्यता लेवे में बन्देज लगावे के ना मिली ब्यवस्था कइल गइल बा ।  समानता के हक अन्र्तगत धारा १८(२) आ १८(३) में सामान्य कानून के प्रयोग में आ राज्य द्वारा ….भाषा….के आधार पर भेदभाव ना कइल जाई लिखाइल बा । शिक्षा सम्बन्धी हक अन्तर्गत धारा ३१(४)में दृष्टिविहिन नागरिक के ब्रेललिपि तथा बहिर आ स्वर भा बोलाई सम्बन्धी अपंगता भइल नागरिक के सांकेतिक भाषा के माध्यम से कानून अनुसार निशुल्क शिक्षा पावे के हक होई
ड्ड धारा ३१(५) में नेपाल में रहेवाला हरेक नेपाली समुदाय के कानून अनुसार अपना मातृभाषा में शिक्षा पावे के आ ओकरा खातिर विद्यालय आ शैक्षिक संस्था खोले के आ संचालन करे के हक होई लिखाइल बा । भाषा तथा सँस्कृति के हक अन्तर्गत धारा ३२ (१) में हरेक व्यक्ति आ समुदाय के आपन भाषा प्रयोग करे के हक होई आ धारा  ३२ (३) में नेपाल में रहेवाला हरेक नेपाली समुदाय के आपन भाषा, ……के संवर्धन आ संरक्षण करे के हक होई लिखाइल बा ।
ड्ड धारा ५१ में राज्य के नीति सब अन्तर्गत क (२) में विभिन्न जात, जाति, धर्म, भाषा, सँस्कृति आ सम्प्रदाय बीच में पारस्परिक सद्भाव, सहिष्णुता आ ऐक्यबद्धता कायम कके संधीय एकाई बीच में परस्पर सहयोगात्मक सम्बन्ध विकास करत राष्ट्रिय एकता प्रवर्धन करे के, ग (६) में देश के साँस्कृतिक विविधता कायम राखत समानता एवं सहअस्तित्व के आधार पर विभिन्न जातजाति आ समुदाय के भाषा, लिपि, सँस्कृति, साहित्य, कला, चलचित्र आ संपदा के संरक्षण आ विकास करे करे के आ ग (७) में बहुभाषिक नीति अवलम्बन कइल जाई लिखाइल बा ।
ड्ड राज्य शक्ति के बाँड़फाँड़ अन्तर्गत धारा ५७ (२) में प्रदेश के अधिकार अनुसूची ६ में लिखाइल विषय में निहीत रही आ ओइसन अधिकार के प्रयोग ई संविधान आ प्रदेश कानून अनुसार होई ( अनुसूची ६ के क्र.स. १८ भाषा, लिपि, सँस्कृति, ललित कला, आ धर्म के संरक्षण आ प्रयोग ¬) आ धारा ५७ (४) में स्थानीय तह के अधिकार अनुसूची ८ में लिखाइल विषय में निहीत रही आ ओइसन अधिकार के प्रयोग ई संविधान आ प्रदेश कानून अनुसार होई ( अनुसूची ८ के क्र.स. २२ भाषा, सँस्कृति, आ ललित कला, के संरक्षण आ विकास ¬)
ड्ड धारा २८७ में भाषा आयोग के ब्यवस्था कइल गइल बा जेमें उपधारा १ में ई संविधान जारी भइला के मिति से १ वर्ष भितर नेपाल सरकार प्रदेश सब के प्रतिनिधित्व करावत एगो भाषा आयोग गठन करी, उपधारा ६ में भाषा आयोग के काम कर्तव्य आ अधिकार के ब्यवस्था बा । ६(क) में सरकारी कामकाज के भाषा के रुप में मान्यता पावे खातिर पूरा करेवाला आधारसब के निर्धारण कके नेपाल सरकार के सोझा भाषा के सिफारिस करे के, ६(ख) भाषा सब के संरक्षण, संवर्धन आ विकास खातिर अवलम्बन करे के पड़ेवाला उपायसब के नेपाल सरकार के सोझा सिफारिस करे के, ६(ग) में मातृभाषा के वकास के स्तर मापन कके शिक्षा क्षेत्र में प्रयोग के सम्भाव्यता के बारे में नेपाल सरकार के सोझा सुझाव पेश करे के आ ६(घ) में भाषा सब के अध्ययन, अनुसंधान आ अनुगमन करे के । उपधारा ७ में भाषा आयोग उपधारा ६ के खण्ड क अनुसार काम आयोग गठन भइला के मिति से पाँच वर्ष भितर सम्पन्न करी । उपधारा ८ में नेपाल सरकार प्रदेश सरकार से समन्वय कके प्रदेश में भाषा आयोग के शाखा स्थापना करे सकी । ओइसही उपधारा ९ में भाषा आयोग के औरी काम, कर्तव्य आ अधिकार तथा कार्यविधि संघीय कानून अनुसार होई ।
विभिन्न ऐन सब में भाषा संबन्धी ब्यवस्थाः

स्थानीय सरकार संचालन ऐन, २०७४ मेंंं गाँवपालिका आ नगरपालिका के शिक्षा सम्बन्धी अधिकार मेंंं मातृभाषा मेंंं शिक्षा देवेवाला स्कूल के अनुमति, अनुगमन आ नियमन के साथे भाषा सँस्कृति के संरक्षण आ विकास सम्बन्धी नीति, कानून, मापदण्ड, योजना, कार्यन्वयन अनुगमन आ नियमन करेवाला जिम्मेंंवारी देहल गइल बा ।
ड्ड स्थानीय तह सेवा संचालन तथा व्यवस्थापन आदेश, २०७४ के बुंदा नं ४ गाँवपालिका भा नगरपालिका के काम, कर्तव्य आ अधिकार प्रचलित कानून आ अनुसूची (३) में उल्लेख भइल अनुसार होखी लिखाइल बा । अनुसूची ३ (ज) आधारभूत आ माध्यमिक शिक्षा अन्तर्गत (१) में प्रारम्भिक बाल शिक्षा तथा विद्यालय शिक्षा, अनौपचारिक शिक्षा, मातृभाषा में शिक्षा आ विशेष शिक्षा सम्बन्धी नीति, कानून, मापदण्ड, योजना के निर्माण, कार्यन्यवयन आ नियमन, (५) में मातृभाषा में शिक्षा देवेवाला विद्यालय के अनुमति, स्विकृति आ नियमन । ३ के (फ) भाषा, संस्कृति आ ललितकला के संरक्षण आ विकास अन्तर्गत (१) में भाषा, संस्कृति आ ललितकला के संरक्षण आ विकास सम्बन्धी स्थानीय स्तर के नीति, कानून, मापदण्ड, योजना, कार्यान्वयन आ नियमन, (४) में भाषा, संस्कृति आ ललितकला के संरक्षण आ विकास सम्बन्धी औरी कार्य (अनूसुची ४) । ग के (१७) में स्थानीय समुदाय के पवनी–त्यवहार, भाषा–संस्कृति
ड्ड शिक्षा ऐन २०२८ ( नउवा संशोधन, २०७४ ) मेंं दफा ७ शिक्षा के माध्यम अन्र्तगत उपदफा १ मेंं स्कूल के शिक्षा के माध्यम नेपाली भाषा, अँग्रेजी भाषा भा दूनू भाषा होखी लिखाइलइ बा । उपदफा २ मेंं उपदफा १ मेंं जथि भी लिखइला के बाउजुद भी निम्न अवस्था मेंं शिक्षा के माध्यम निम्न अनुसार होखे सकी ः (क) प्राथमिक शिक्षा मातृभाषा मेंं दिआ सकता । (ख) गैर नेपाली नागरिक के नेपाल के विद्यालय मेंं अध्ययन करे के बेरिआ अनिवार्य नेपाली विषय के बदला अउरी कवनो भाषा के विषय अध्ययन कर सकता । (ग) भाषा विषय मेंं अध्ययन करावत बेरा शिक्षा के माध्यम उहे भाषा हो सकेला । (घ) अनिवार्य अँग्रेजी विषय अध्ययन करावे के बेरा अँग्रेजी भाषा मेंं ही करावे के पड़ी ।
ड्ड सूचना के हक संबन्धी ऐन, २०६४ ः
ड्ड सूचना के हक संबन्धी ऐन, २०६४ के दफा ४ के उपदफा (३) सार्वजनिक निकाय उपदफा (२) के खण्ड (क) मोताविक सूचना सार्वजनिक, प्रकाशन भा प्रसारण विभिन्न राष्ट्रीय भाषा मेंं आ आम संचार के माध्यम से कर सकता ।
ड्ड आदिवासी÷जनजाति उत्थान राष्ट्रीय प्रतिष्ठान ऐन, २०५८ ः
ड्ड आदिवासी÷जनजाति उत्थान राष्ट्रीय प्रतिष्ठान ऐन, २०५८ के दफा २ के (क) मेंं ‘आदिवासी÷जनजाति’ कहे के मतलब आपन मातृभाषा आ परम्परागत रीतिरिवाज, अलगे साँस्कृतिक पहचान, अलगे समाजिक संरचना आ लिखित भा अलिखित इतिहास भइल अनुसूची मोताविक के जात भा समुदाय सम्झल जाई । दफा ५ के (ख) मेंं आदिवासी÷जनजाति के भाषा, लिपि, सँस्कृति, साहित्य, कला, इतिहास के संरक्षण आ प्रवर्धन करे के लिखाइल बा । दफा ६ के (क) मेंं आदिवासी÷जनजाति के भाषा, लिपि, साहित्य, इतिहास, कला, सँस्कृति, परम्परागत सिप, आ प्रविधि के प्रवर्धन आ संरक्षण खातिर आवश्यक कार्यक्रम बनावे के आ ओकरा के कार्यान्वयन करे के करावे के । (ख) मेंं आदिवासी÷जनजाति के भाषा, लिपि, साहित्य, इतिहास, कला, परम्परा, सँस्कृति के अध्ययन आ अनुसंधान करे के आ ओइसन भाषा, लिपि, साहित्य, इतिहास, कला, सँस्कृति आ परम्परा के विकास करे के । (ङ) मेंं भाषा साहित्य से संबन्धित अउरी निकाय के सहयोग  लेके आदिवासी÷जनजाति के भाषा के शब्दकोष तयार करे के आ प्रकाशन करे के । (च) मेंं आदिवासी÷जनजाति के भाषा, सँस्कृति, इतिहास, परम्परा के परिचय करावेवाला अभिलेखालय आ संग्रहालय स्थापना करे के । (छ) कम्ती मेंं प्राथमिक तह तकले आदिवासी÷जनजाति के मातृभाषा पढावेवाला विद्यालय के स्थापना करे के । (ज) आदिवासी÷जनजाति के भाष, सँस्कृति, इतिहास, कला, परम्परागत प्रविधी के अध्ययन भा अनुसंधान करे के चाहेवाला विदेशी विद्वान समेंत के नेपाल सरकार के स्वीकृति लेके प्रतिष्ठान से जुड के अध्ययन भा अनुसंधान करे देवे के । (ड) मेंं आदिवासी÷जनजाति के मातृभाषा मेंं सूचना, समाचार एवं विविध कार्यक्रम प्रसारण करेवाला व्यवस्था मिलावे के ।
ड्ड छापाखाना आ प्रकाशन संबन्धी ऐन, २०४८ ः
ड्ड छापाखाना आ प्रकाशन संबन्धी ऐन, २०४८ के दफा ७ के उपदफा (१) मेंं सार्वजनिक रुप मेंं बिकाएवाला पत्रपत्रिका नेपाल भितर प्रकाशित करे के चाहेवाला व्यतिm पत्रपत्रिका के  समेंत खोला के पत्रपत्रिका दर्ता खातिर तोकल मोताबिक के दस्तुर सहित तोकल ढाँचा मेंं स्थानीय अधिकारी लगे दरखास्त देवे के पड़ी । उपदफा (८) मेंं पत्रपत्रिका के नाम, किसिम आ भाषा बदले के होखी त भा कवनो पत्रपत्रिका एक से बेसी भाषा मेंं प्रकाशित करे के होखी त भा एगो जिल्ला से प्रकाशित होरहल पत्रपत्रिका अउरी जिल्ला भा एक जिल्ला से बेसी जिल्ला से प्रकाशित करे के होखे त उपदफा (१) मोताबिक स्थानीय अधिकारी लगे दरखास्त देके ओकर भी प्रमाणपत्र लेवे के पड़ी । दफा १९ के (ग) मेंं पत्रपत्रिका के नाम, भाषा, किसिम, प्रकाशन अवधि, प्रकाशन होखेवाला स्थान आदि मेंं समय–समय मेंं भइल बदलाव के बारे मेंं स्थानीय अधिकारी से जानकारी लेके अभिलेख राखे के आ (घ) मेंं नेपाल भितर प्रकाशित हाखेवाला पत्रपत्रिका के नाम, किसिम, प्रकाशन अवधि, भाषा आदि विषय मेंं वार्षिक प्रतिवेदन तयार कके प्रकाशित करे के ।
ड्ड राष्ट्रिय प्रसारण ऐन, २०४९ ः
ड्ड राष्ट्रिय प्रसारण ऐन, २०४९ के प्रस्तावना मेंं संविधान द्वारा प्रत्याभूति कइल जनता के अभिव्यतिm स्वतन्त्रता आ सुसूचित होखे के हक के संरक्षण आ संवर्धन करे खातिर आ प्रसारण प्रणली के माध्यम से मुलुक के आर्थिक, सामाजिक आ साँस्कृतिक क्रियाकलाप के जन समक्ष पुगा के सब जात, भाषा, वर्ग, क्षेत्र आ धार्मिक संप्रदाय के बीच मेंं समानता, आपसी सदभावना आ सामान्जस्य के वातावरण श्रृजना कके राष्ट्र भाषा के माध्यम से समेंत जनचेतना जगावे खातिर, सूचना आ संचार के क्षेत्र मेंं उपलब्ध आधुनिक प्रविधि के प्रयोग कके प्रसारण के माध्यम सब के विश्वसनीय, प्रभावकारी एवं सुदृढ बना के राष्ट्रीय आ अन्तर्राष्ट्रीय स्तर मेंं भइल निष्पक्ष एवं आधिकारिक समाचार आ सूचना जानकारी आम जनता के मिलो कहके सूचना के प्रवाह क निर्वाध रुप से प्रसारण करे के संबन्ध मेंं कानूनी व्यवस्था करे के …। दफा ११ मेंं प्रसारण संस्था कवनो कार्यक्रम के उत्पादन आ प्रसारण करे के बेरा हई बात सब के प्राथमिकता देवे के पड़ी, (ख) मेंं सब जात, भाषा, वर्ग क्षेत्र, आ धार्मिक संप्रदाय बीच समानत, आपसी सद्भावना आ सामंजस्य अभिवृद्धि करेवाला किसिम के कार्यक्रमसब । (ग) मेंं नेपाल के विभिन्न भाषा आ सँस्कृति के उत्थान मेंं सहयोग पुगेवाला कार्यक्रम सब । दफा १५ के (१) मेंं केकरो भी हई बातसब के विज्ञापन प्रसारण करावे के ना मिली, (च) मेंं कवनो भी जात, भाषा, धर्म आ सँस्कृति के अपव्याख्या, अवहेलना, अपमनित आ अवमूल्यांकन करेवाला सामग्री सब ।

पठ्यक्रम सब में भाषा ः
ड्ड प्राथमिक शिक्षा पाठ्यक्रम २०६२ (कक्षा १–३) आ २०६५ (कक्षा ४–५) मेंंं प्राथमिक तह तकले के शिक्षा मातृभाषा मेंंं देवे सके के उल्लेख बा आ स्कूल पढ़ाई–लिखाई होखेवाला मातृभाषा के छाने के बेरा अधिकांश विद्यार्थीयन के बोलेवाला मातृभाषा के छाने के ब्यवस्था कइले बा ।
ड्ड आधारभूत शिक्षा पाठ्यक्रम (कक्षा ६–८), २०६९ आधारभूत शिक्षा तकले के शिक्षा मातृभाषा मेंंं देवे सकेवाला ब्यवस्था बा । साथे ५ पाठ्यभार आ १०० पूर्णाकं के मातृभाषा कक्षा ६–८ मेंंं  शिक्षण करे सकेवाला प्रावधान पहिल बेर खुला कइल गइल ।
ड्ड सब लइकन के आधरभूत गुणात्मक शिक्षा देवे के नेपाल सरकार के प्रयास मेंंं सहयोग पुगावे खातिर मातृभाषा मेंंं शिक्षा ले सकल जाए वाला अधिकार स्थापित करेवाला काम मेंंं भाषिक समुदाय, विद्यलय ब्यवस्थापन समिति, स्थानीय निकाय, सामुदायिक एवंम् गैरसरकारी संघ÷संस्था आदि सब पक्ष के महत्वपूर्ण भूमिका भइला के चल्ते स्कूल के शिक्षा से सम्बन्धित सब के भूमिका सुनिश्चित कके मातृभाषा मेंंं आधारित बहुभाषी शिक्षा कार्यक्रम के अ ि।भयान के रुप मेंंं संचालन करे के उदेश्य से शिक्षा नियमवली, २०५९ के नियम १९२ (ङ) के देहल अधिकार प्रयोग कके बहुभाषिक शिक्षा कार्यक्रम  कार्यान्वन निर्देशिका २०६६ जारी भइल रहे ।
ड्ड माध्यमिक शिक्षा पाठ्यक्रम (कक्षा ९–१०), २०७१ माध्यमिक तह मेंंं ऐच्छिक विषयके रुप मेंंं विभिन्न राष्ट्र भाषा मेंंं शिक्षा देहल जा सकल जाता कहके ब्यवस्था कइले बा ।
ड्ड राष्ट्रिय पाठ्यक्रम प्रारुप, २०६३ आधारभूत शिक्षा के माध्यम मातृभाषा होई आ आधारभूत शिक्षा के प्रयोग चरण (कक्षा १–३¬¬) तकले सामान्यतया शिक्षा के माध्यम मातृभाषा होई कहके ब्यवस्था कइले बा ।

शैक्षिक योजना आ कार्यक्रम सब मेंं भाषा ः
ड्ड शैक्षिक योजना अन्तर्गत सब केहु खातिर राष्ट्रीय कार्ययोजना, नेपाल (२००१–२०१५, पृ. ५४–५९ ) मेंं मातृभाषा मेंं आदिवासी आ भाषिक अल्पसँख्यक के आधारभूत आ प्राथमिक शिक्षा के अधिकार सुनिश्चितता कइल जाई कहके मातृभाषा के माध्यम आ विषय के रुप मेंं प्रयोग कइल जाई आ द्विभाषिक शिक्षा पद्धति अपनावे के रणनीति अंगीकार कइल गइल ।
ड्ड विद्यालय क्षेत्र सुधार कार्यक्रम मातृभाषा मेंं आधारभूत शिक्षा के व्यवहार मेंं उतारे खातिर विद्यालय क्षेत्र सुधार कार्यक्रम सन् २०१५ तकले ७५०० विद्यालय मेंं बहुभाषिक माध्यम से कक्षा संचालन करे के लक्ष्य लेहलक । एह कार्यक्रम मेंं आदर्श शिक्षक विद्यार्थीयन के भाषा–सँस्कृति के सम्मान आ प्रयोग करीलोग कहके आशा कइल गइल रहे ।
ड्ड विद्यालय क्षेत्र विकास कार्यक्रम आधारभूत शिक्षा मातृभाषा मेंं देवे के जोड़ देवे के साथे मातृभाषा मेंं शिक्षा प्रदान करे खातिर शिक्षक के क्षमता प्रवर्धन आ आवश्यक सहयोग करे के उल्लेख कइल बा । आधारभूत कक्षा मेंं माध्यम आ मातृभाषा शिक्षण, विद्यालयन मेंं त्रैभाषिक शिक्षण अवलम्बन कइल जाई आ नेपाली बाहेक अन्य मातृभाषा भइल लइकन खातिर विषय के रुप मेंं नेपाली भाषा शिक्षण करे के लगायत शिक्षा के माध्यम भाषा के नीति निर्धारण करे के नीति लेहल गइल बा ।
नेपाल बहुत राष्ट्र मिल के बनल राज्य ह जेमें सबके अलग अलग अस्तित्व आ महत्व बा । कवनो भी राष्ट्र के सब से बडका धरोहर ओकर भाषा आ सँस्कृति होखेला । एगो फुलबारी मेंं बहुत फूल जइसने नेपाल मेंं बहुत राष्ट्र बा । यदि एकोगो फूल के विकास ना होई त फुलवारी के कवनो महत्व ना होई आ फूलवारी भी पूर्ण ना होई । जातीय, धार्मिक, साँस्कृतिक आ भाषीक विविधता  भइल देश के जनता के एकता के सुत्र मेंं बान्हे मेंं प्रत्येक मातृभाषा के विकास बहुत बडका सहयोगी हो सकेला । बि.स. २०६८ साल के जनगणना के अनुसार १२५ गो जात आ १२३ गो मातृभाषा भइल भौगोलिक रुप में मधेश, पहाड, आ हिमाल मेंं विभाजित तथा संघीयता अन्तर्गत ७ गो प्रदेश भइ  देश के एकताबद्ध नेपाल बनावेवाला राष्ट्रीय धरोहर के रुप मेंं सब केहु के उचित सम्मान करत ओकर मातृभाषा के विकास ही हो सकेला । नेपाल मेंं मातृभाषा शिक्षा आपना लक्ष्य के ओर कदम बढा देले बा  । मातृभाषा के संरक्षण खातिर महत्वपुर्ण माध्यम प्राथमिक तह के शिक्षा मातृभाषा मेंं ही देहल ह । नया नेपाल के राष्ट्रिय अखण्डता के धरोहर मातृभाषा  ही बनी जइसन हमरा लागता । अब देखल जाँव स्थानीय सरकार एकरा के केतना कार्यन्यवन करता ।

सम्बन्धित खबर

पर्सा–३ मा एमालेको चुनावी तयारी तीव्र, युवाको नेतृत्वमा संगठन विस्तार

Aadarsh Daily

पर्सा–३ मा एमाले उम्मेदवार रूपेश पाण्डेको पक्षमा जनलहर बढ्दै

Aadarsh Daily

पर्सा–३ मा एमाले उम्मेदवार रूपेश पाण्डेको पक्षमा बढ्दो जनसमर्थन

Aadarsh Daily